मुंबई में भोजपुरिया डॉन हंगामा मचवले बा

मेगा स्टार मनोज तिवारी के सुपर डुपर हिट फिल्म “भोजपुरिया डॉन” के जादू अब बिहार का बाद मुंबई वालन का कपारे नाच रहल बा. इकइस गो थियेटरन में एक साथ रिलीज भइला का बावजूद दर्शकन के भारी हुजूम उमड़ पड़ल हर थियेटर पर. मनोज तिवारी के एक एक डायलाग पर दर्शक थपड़ी पीटत बाड़े. उनुका लागत बा कि उनुके दर्द तकलीफ के आवाज दिहल गइल बा एह फिल्म में. फिल्म के कहानी मुंबई के फेरी वालन पर बा जे उत्तर भारत के आपन गाँव छोड़ के मुंबई आ गइलें रोजी रोटी का तलाश में. दू साल तक परदा से ओझल रहला का बाद मनोज तिवारी एह फिल्म से आपन वापसी कइलें त साबित हो गइल कि उहे हउवें “भोजपुरिया डॉन”. फिल्म के निर्माता राकेश कोहली आ निर्देशक रवि सिन्हा हउवें. एह जबरदस्त एक्शन वाली फिल्म में तीन गो नायिका बाड़िन जा, मोनालिसा, उर्वशी चौधरी आ स्वाति वर्मा. खलनायक बनल बाड़े अवधेश मिश्रा आ भोजपुरिया वीरप्पन विकास सिंह.

मुंबई में “भोजपुरिया डॉन” के एह साल के सबले जबरदस्त हिट बतावल जा रहल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. arun, gorakhpur

    manoj bhaiya to sacmuch don hai. bhojpuri ke don to tiwari hi hai.

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।