मुंबई में यूपी भवन के उद्घाटन पर मौजूद रहलें मनोज तिवारी

UPBhawanयूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव पिछला दिने नई मुंबई में 33 करोड़ के लागत से बनल एगो पांच सितारा उत्तर प्रदेश भवन के उद्घाटन कइलें. ई बवन मुंबई आवे वाला नेता आ अफसराने के स्वागत करी. आम आदमी ला एहिजा कुछु नइखे. उपरी मंजिल त सिरिफ मुख्येमंत्री ला सुरक्षित रही.

उद्घाटन का मौका पर भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी, विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पांडे आ मंत्रीगण ओमप्रकाश सिंह, अउर पवन पांडे मौजूद रहलें. एह मौका पर बोलत अखिलेश यादव वादा कइलन कि उत्तर भारतीय संघ जवन 75 कोठरी वाला उत्तर भारतीय भवन बनावे जात बा तवना ला दस करोड़ रुपिया दीहें. संघ के कहना बा कि मुंबई में रहे वाला उत्तर भारतीयन से 15 करोड़ के चंदा जुटा के एगो भव्य भवन बनावल जाई.

भाजपा सरकार का समय राजनाथ सिंह एक करोड़ देबे के कहले रहलें, पचीस लाख देबो कइले बाकिर बसपा सरकार अइला का बद कूछु ना मिलल. उलुटे दिहल रुपयवो माँगे लागल. अलग बाति बा कि रुपिया वापिस ना दिहलसि उत्तर भारतीय संघ.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।