मुंबई में रिलीज होखत बा ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’

gajab-siti-mareश्री पद्मावती पिक्चर्स एवं इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एक्शन कॉमेडी फिलिम ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’ एह शुक के मुम्बई में रिलीज होखे जात बा. निर्माता अनिल सिनकर के एह फिलिम के लेखक आ निर्देशक बालजीत सिंह हउवन. गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा अउर फणीन्द्र राव आ संगीतकार छोटे बाबा हउवें.

कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, मनोज द्विवेदी, सुप्रेरणा सिंह, मोनिका सिंह, संजय पाण्डेय, माया यादव, गोपाल राय, श्रद्धा, नवल, भानू पाण्डेय आ आईटम गर्ल कविता अउर अन्नू कश्यप के खास भूमिका बा.

निर्माता अनिल सिनकर आ निर्देशक बालजीत सिंह के कहना बा कि ‘गजब सिटी मारे सईयां पिछवारे’ में भोजपुरिया दर्शकन के कुछ नया देखे के मिली. दू भाईयन का इर्दगिर्द घूमत एह फिलिम में सामाजिक, हास्य आ पारिवारिक माहौल देखे के मिली.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।