मुंहमांगा दाम पर बिकाइल ‘पागल प्रेमी’ क संगीत

आजु जब बड़का बड़का भोजपुरी फिलिमन क संगीत बिका नइखे पावत ओहिजे निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार के विनय आनंद स्टारर फिल्म ‘पागल प्रेमी’ के संगीत मुंहमांगा दामपर बिका गइल. ‘पागल प्रेमी’ क संगीत अधिकार खरीदलसि वर्ल्ड वाईड्स रिकार्ड नामके संगीत कंपनी. ई खबर भोजपुरी सिनेमा जगत ला उत्साह बढ़ावे वाली खबर बा.

एह फिल्म ‘पागल प्रेमी’ में विनय आनंद आ अजीत आनन्द नायक के भूमिका में बाड़न आ उनहन के नायिका बाड़ी संगीता तिवारी आ श्रीकंकनी. नम्बर वन खलनायक संजय पांडे एहु फिल्म में खलनायक बाड़न. सविता श्री प्रोडक्शन के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग छत्तीसगढ़ क रायपुर में कइल गइल रहे. एक से बढ़के एक गीत संगीत से सजल एह फिल्म के गीतकार हउवें राजेश मिश्रा, फणीन्द्र राव आ कृष्णा बेदर्दी. संगीत रचना राजेश गुप्ता के ह. कैमरा में कैद कइलें तांबन के॰ आ एक्शन डायरेक्ट कइलन दिलीप यादव. सितारन के खूबसूरती से नचावे के जिम्मा एंथोनी सम्हरले.

फिल्म के कलाकारन में विनय आनंद, संगीता तिवारी, अजीत आनंद, श्रीकंकनी, अनूप अरोड़ा, जय प्रकाश सिंह, राजेश अवस्थी, सुनीता सिंह, पारितोष त्रिपाठी, सुमन कुमारी, अमित सिंह अउर पुष्पांजलि आ संजय पांडे बाड़े.

फिल्म जल्दिए रिलीज होखी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।