हिन्दी सिनेमा के सदाबहार गायक कुमार सानू पहिलहू अनेके भोजपुरी फिलिमन में अपना आवाज के जादू चला चुकल बाड़ें. बाकिर निर्माता-निर्देशक जितेन्द्र कुमार गुप्ता के फिलिम “मुखिया जी के लव स्टोरी” खातिर एगो स्पेशल गाना गा के आपन छाप छोड़ गइलन सिनेमा भोजपुरी ला.
फिलिम के संगीत मुहर्त के एह मौका पर फिल्मी दुनिया के नामी गिरामी लोग मौजूद रहल आ निर्माता-निर्देशक जितेंन्द्र कुमार गुप्ता के बधाई दिहलें. जितेंन्द्र गुप्ता के ई पहिलका भोजपुरी फिलिम ह. एहसे पहिले जितेन्द्र गुप्ता अनेके हिन्दी आ भोजपुरी फिलिमन के कहानी लिख चुकल बाड़ें. जितेन्द्र गुप्ता बिहार के गोपालगंज के हउवें.
फिलिम ओह लोग के कहानी ह जे कम समय में अधिका पइसा आ नाम कमाइल चाहेलें. अइसने एगो गाँव के नवही मुखिया बा जे एह फिलिम के मुख्य किरदार बा. फिलिम में कुल दस गो गाना बा.
एह फिलिम से नवोदित अभिनेता विजय सिंह के बड़का परदा पर उतारल जात बा. मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, कल्पना शाह, विजय सिंह, कैलाश गौड, शिव गुप्ता वगैरह के नाम बा.
(संजय भूषण पटियाला)
0 Comments