मुख्तार केे मौत पर दुख त बहुते लोग केे बा

Photo Source twitter.com

यूपी के एगो अउर बदनाम माफिया, वइसेे माफिया सुनाम वाला माफिया त हो ना सके बाकिर कट्टर ईमानदार का तुलना मेेेें बदनाम माफिया बेसी सही लागेला, मुख्तार अंसारी काल्हु जेल के जहन्नुम वाला जिनिगी छोड़ केे जन्नतनशीं हो गइलन. एह बात पर सपा, बसपा जइसन गोल दुख जतवले बाड़ें. काग्रेेसो के दुख होखबे करी बाकिर ओकरा लगे अइसन कवनो नामदार नेता नइखन रहि गइल जेकर नाम लीहल जा सके. बाकी छुटभइया भा चिरकुट कवनो नेता दुख जतेवलो होखिहें त उल्लेेख करे जोग ना रहल होखी.

दुख त अउरिओ लोग के भइल बा बाकिर ऊ लोग एकरा के उजागर करेे के जरुरत नइखे सोचत. रहिमन निज मन की व्यथा मन ही राखो गोय, सुनि इठलइहें लोग सब बाँट ना लिहें कोय ‍! दुख त कृष्णानन्द राय के विधवो के भइल होखी आ बहुतेे अइसने लोग केे जे मुख्तार के रहमोकरम पर जीयत रहल भा ओकर रहम ना रहला का चलते बेेरहमी झेलत दुनिया छोड़ दिहले होखिहें.

मुअला पर खुशी जतावल संस्कार के कमी जतावेेला सेे संस्कारी लोग के एक त खुशी मिलले ना होखी बाकिर कुछ लोग के खुशी मिलला के नकारलो ना जा सकेे. कवनो बदनाम माफिया जवना के कानून सेे सजा मिलियो गइल होखे ओकर स्वाभाविक भा सहज मौत भइल बहुतेे लोग ला दुखी करेे भा निराश करे वाला खबर होखी. आ एही चलतेे दुखी हमहूं बानी. हमरा खुशी तब मिलल रहीत जब कवनो हत्यारा के फाँसी पर लटकावल गइल रहीत.

कुछ दिन पहिले मुख्तार के कब्जियत के शिकायत पर अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवे बाकिर कब्ज से मुक्ति दिआ के अस्पताल से जल्दिए छुट्टी मिल गइल रहुवेे. बाकिर काल्हु फेर अचानके मुख्तार अंसारी के तबियत फेर बिगड़ गइल आ आनन-फानन में बांदा केे रानी दुर्गावती मेडिकल कालेज अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवेे. मुख्तार के मौत का बाद अस्पताल से जारी बयान मेें कहल गइल कि बेहोश मुख्तार के ले आइल गइल रहुवेे आ नौ गो डॉक्टर इलाज मेें लागल रहलेें. बाकिर जेकर दिन पूरा हो गइल होखेे ओकरा के बचा केहू कइसेे लीत. कहलेे गइल बा कि, जा के मारेे साईंया, बचा ना सकीहें कोय !

पता ना साँच का बा बाकिर विधानसभा में योगी आदित्यनाथ के दीहल बयान कि सभी माफिया को मिट्टी में मिला दूंगा का बाद होखे वाला हर माफिया मौत के संशय का नजर में देखे जाए लागल बा. विकास दूबे के गाड़ी पलटल होखेे, अतीक अहमद के गोली सेे उड़ा दीहल गइल होखे, आ अब मुख्तार केे तबियत बिगड़ला पर भइल मौत सगरी केे संशय का नजर सेे खाली ओह लोग केे करीबियेे ना अउरिओ लोग देेखे लागल बा.

मुख्तार अंसारी के परिवार के कहना बा कि मुख्तार के जहर दीहला सेे मौत भइल बा आ एकर जाँच होखे के चाहीं. बाकिर जाँच करी के ? अगर यूपी सरकार करवाई त ओकरा जाँच रिपोर्ट के सभे झुठला दी, से जाँच करे वाला लोग के चाहीं कि मुख्तार के मौत के जाँच अमेरिका के कवनो एजेन्सी सेे करवाए के मांग करो. एनेे अमेरिका भारत पर नजर राखे केे दावो कइले बा. हो सकेला कि ओकरा नजर मेें इहो घटना आ गइल होखेे. इन्तजार कइल जाव, हो सकेला कि अमेरिका सेे कवनो बयानो आ जाव.

0 Comments