मुख्यमंत्री के आदेश से लड़िकियन के ओढ़नी उतरवा लिहलसि पुलिस

अपना विकास यात्रा में जगहे जगह विरोध आ करिया कपड़ा देखवला से नाराज बिहार के मुख्यमंत्री के निर्देश पर पुलिस केहु के करिया कपड़ा पहिरले उनुका सभा मे नइखे आवे देत. इहाँ ले कि छाता तक रोक लिहल जात बा. हद त ई हो गइल बा कि लड़िकियन के करिया ओढ़नीओ उतरवा लिहल जात बा. एह बात के नीतीश विरोधी चीरहरण कहे लागल बा. अब ओढ़नी वाला मामिला पर राजनीति गरमाए लागल बा आ जनता के खीस बढ़े लागल बा.

पूरा खबर पढ़ी

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।