मुख्य न्यायाधीश डा.धनंजय वाई चन्द्रचूड शपथ लिहलन

इलाहाबाद 31 अक्टूबर (वार्ता) न्यायमूर्ति धनंजय वाई चन्द्रचूड इलाहाबाद उच्च न्यायालय के मुख्य न्यायाधीश के शपथ लिहलन. शपथ राज्यपाल बी.एल. जोशी दिअवले. एह समारोह में प्रदेश के मुख्य सचिव समेत अनेके प्रशासनिक आ पुलिस अधिकारी मौजूद रहले.

न्यायमूर्ति धनंजय वाई चन्द्रचूड के जनम 11 नवम्बर 1959 के भइल रहे. दिल्ली विश्वविद्यालय से लॉ की डिग्री हासिल कइला का बाद हार्वर्ड विश्वविद्यालय इंग्लैण्ड से एलएलएम आ डाक्टरेट के उपाधि लिहले. साल 1998 मे मुम्बई उच्च न्यायालय मे वरिष्ठ अधिवक्ता नामित भइले. बाद में 29 मार्च 2000 के मुम्बई उच्च न्यायालय मे अपर न्यायाधीश नियुक्त भइलन.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।