मुगलसराय अब दीनदयाल


यूपी के चंदौली जिला में स्थित मुगलसराय टीसन के नाम जनसंघ के अध्यक्ष रहल स्व. दीनदयाल उपाध्याय का नाम प राखे के प्रस्ताव के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहलसि. हालांकि ‘मुगल’ सराय में रहे वाला विपक्ष एकरा विरोध में बा.

मोतिहारी में एगो समारोह में राज्य के परयटन मंत्री प्रमोद कुमार कहलन कि बिहार के सगरी पर्यटन सर्किट के बढ़ावा दे के राज्य में विदेशी सैलानियन के आगम बढ़ावल जाई.

काल्हु से गया आ कोलम्बो का बीच सीधा हवाई सफर शुरु हो गइल. काल्हु कोलम्बो से 79 सवारी ले के एगो हवाई जहाज गया में उतरल. अबहीं ई सेवा हप्ता में एके दुन शनुचर का दिने चलावल जाई.

राखी के दिने यूपी के राज्य परिवहन 85 गो अधिका बस चलावे के एलान कइले बावे जेहसे भाई बहिनन के सुविधा रहे.

गोरखपुर के राप्ती नदी में बाढ़ के अनेसा देखत किनार के लोग के चेता दीहल गइल बा. प्रशासनो चउकस बा.

बिहार के औरंगाबाद से सासाराम जात एगो बस के सिनुरिया गाँव का लगे एगो ट्रक पीछे से धक्का मार दिहलसि जेहसे करीब दू दर्जन सवारी घाहिल हो गइलें. सभका के सदर अस्पताल में भरती क रावल गइल बा.

बलिया के सुखपुरा में काल्हु शनिचर का दिने बरखा बूनी का बावजूद शानदार महावीरी झंडा जुलूस निकालल गइल. बलिया शहर के महावीरी झंडा राखी का दिने निकालल जाला.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..