मुन्नी अब भोजपुरियो में बदनाम होई

पिछला साल के ब्लाकबस्टर फिलिम “दबंग” के सुपरहिट गाना “मुन्नी बदनाम हुई” के जलवा अब भोजपुरियो परदा पर देखे के मिले वाला बा. निर्माता अभय सिन्हा के फिल्म “जंग” खातिर संभावना सेठ एगो आयटम सांग कइले बाड़ी जवना के बोल बा “मुर्गी बदनाम भइल मुर्गा से चोंच लड़ा के, मुर्गी के चोंच गुलाबी , सोच शराबी, पूंछ नबाबी रे”. टी सीरिज पर जारी एह फिल्म “जंग” के आडियो के ई गाना खूब लोकप्रिय हो रहल बा. संभावना के कहना बा कि एह गाना के करे में उनुका बहुते मजा मिलल.. एह गीत के बहुते बड़हन कैनवास पर फिल्मावल गइल बा जवना में साठ गो बेसी नर्तक शामिल रहले. “जंग” के नायक भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह हउवें. पवन सिंह एह फिल्म में एगो कालेजिया लड़िका के किरदार कइले बाड़न जवन मशहूर खलनायक एहसान खान से दू दू हाथ करत नजर आई एह फिल्म में. गीत विनय बिहारी आ श्याम देहाती के, संगीत लाल सिन्हा के आ निर्देशन अरसद खान के बा. मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा, मोहन राठौड़, अविनाश दूबे. गुल हमीद, प्रेरणा श्रीवास्तव, रवि उज्जैन, सुदेश कौल, एहसान खान, सीमा सिंह आ संभावना सेठ के नाम बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. K.K. MISHRA

    BHOJPURI GAANA CHAHI T HAARA SE CONTACT KARI LOG 10 GO SUPRHIT GANA LIKHLE BANI. JE BHOJPURI DUNIYA KE CHAAHI WAISAN GANA BAA CONTACT NO. 08527558553

    K.K. MISHRA

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।