मुम्बई आ यूपी में औलाद के शानदार ओपनिंग

भोजपुरी सिनेमा के जुबिली स्टार दिनेश लाल यादव ‘‘निरहुआ’’ अभिनीत औलाद 8 जुलाई से यूपी आ मुम्बई के पचास से बेसी सिनेमाघरन में शानदार ओपनिंग का साथ रिलीज भइल. वाराणसी, गोरखपुर, देवरिया, आजमगढ़, बलिया में जहॉं रिकार्डतोड़ ओपनिंग मिलल बा ओहिजे मुम्बई में भारी बरखा का बावजूद फिल्म शानदार ओपनिंग लेबे में सफल रहल. फिल्म के देखे खातिर पूरा परिवार आ रहल बा जवना में मेहरारूवन के संख्या निकहा बा. निरहुआ इन्टरटेन्मेन्ट प्रा॰लि॰ का बैनर में असलम शेख निर्देशित एह फिल्म के संदेश बा कि बेटा आ बेटी में कवनो फरक ना होला. औलाद के दुख सुख का होला आ ओकरा खातिर त्याग, बलिदान, आ रिश्तन का डोर में बन्हल ई एगो मार्मिक कहानी बा जे दर्शकन के दिल छू लेत बा आ दर्शक कह उठत बाड़े, जियऽ निरहुआ ! भोजपुरी में अइसने फिल्म बने के चाही.

एह पारिवारिक मनोरंजक फिल्म में दिनेश लाल यादव ‘‘निरहुआ’’, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगड़े, शुभी शर्मा, मनोज टाईगर, संतोष श्रीवास्तव, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, रत्नेश, आ किरण यादव के दमदार भूमिका बा. गौरतलब बा कि एह फिल्म का प्रमोशन खातिर निरहुआ अपना पुरा टीम का साथे पूर्वांचल दौरे पर बाड़न. बिहार में एकरा के अगस्त में रिलीज कइल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।