मुम्बई में रिंकू घोष आ संजय पाण्डे के दुश्मनी खूब चलल

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष आ नम्बर वन खलनायक संजय पाण्डे के चाहे वालन के भीड़ एक बेर फेर उमड़ल एह लोग के “दुश्मनी” देखे खातिर. उत्तर प्रदेश आ बिहार में सुपर हिट होखला का बाद मुम्बई में प्रदर्शित भइल एह “दुश्मनी” के देख के लवटति मुम्बईया दर्शकन में बस रिंकू घोष आ संजय पाण्डे के चरचा रहल. अलग बाति बा कि रिंकू घोष दिल जीत लिहले रहली आ संजय पाण्डे के लोग गरियावत रहे. संजय एह गारिये के आपन पुरस्कार मानेले काहे कि खलनायक गारी सुने लागे त बूझ लीं कि दर्शकन के जीत लिहले बा. “दुश्मनी” के मिलल एह सफलता का बाद रिंकू घोष आ संजय पाण्डे के सभकर बधाई मिलत बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।