मुर्गा खरीदे आइल लोग पोल्ट्री फार्म चलावेवाला के छूरा घोंपले

सोमार का रात कासिमाबाद इलाका के खजुहा मे एगो पोल्ट्री फार्म मुर्गा खरीदे आइल कुछ नवही बाताबाती बढ़ला का बाद पोल्ट्री मालिक के छूरा घोंप के भाग निकलले. हल्ला सुन के जुटल गाँव के लगो घवाहिल पो्लट्री वाला के अस्पताल मे भरती करावल. बाद मे चहुँपल पुलिस जब आसपास जाँच करे लागल त करीब सौ मीटर दूर एगो नवही के लाश मिलल. अनेसा जतावल जात बा कि लाश मुर्गा खरीदे आइल नवहियने मे से एगो के ह. पुलिस पुरा मामिला पर जाँच करे मे जुटल बिया.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।