मुलायम के चुनौती दीहें बुखारी

दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी कुछ दिन पहिले सपा से नाराज होके आपन नाता तूड़ लिहले रहुवन. अब मुलायम का इलाका में सभा कर के बुखारी मुलायम के पोल खोले के धमकी दिहले बाड़न. २१ अप्रेल के एगो सभा में बुखारी मुसलमानन संगे मुलायम के धोखेबाजी के पोल खोलीहें. ओने सपा के लोग कहत बा कि बुखारी के भाव ना दिहल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।