मुस्लिम तुष्टीकरण आ हिन्दू विरोध के राजनीति करत बिया कांग्रेस


नयी दिल्ली 12 जुलाई (वार्ता). भाजपा कांग्रेस के सांसद आ ओकरा शासन में केन्द्रीय मंत्री रहल शशि थरूर के ओह बयान पर जवना में देश के ‘हिन्दू पाकिस्तान’ बने के बात कहल गइल बा, आपन तिताह टिप्पणी करत कहले बिया कि कांग्रेस फेर भारत आ भारत के लोकतंत्र के बदनाम करे आ हिन्दुअन के विरोध करे के राजनीति पर लवटि आइल बिया जेहसे ओकर तुष्टीकरण वाली राजनीति के शह मिलो.
भाजपा प्रवक्ता डॉ. संबित पात्रा आजु मीडिया से कहलन कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के काल्हु मुस्लिम बुद्धिजीवियन से भेट-घाट भइला का तुरते बाद आइल शशि थरूर के बयान से साबित हो गइल कि कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी अब मंदिर भ्रमण आ जनेऊधारी होखला के फैंसी ड्रेस प्रतियोगिता से बाहर आ गइल बाड़न आ कांग्रेस तुष्टीकरण के राजनीति बिना ओही तरह ना जी सके जइसे बिन पानी के मछरी.
मीडिया रिपोर्टन के हवाला देत पात्रा कहलन कि एह खबरन में बतावल गइल बी कि राहुल गांधी मुस्लिम बुद्धिजीवियन से अपना मंदिर भ्रमण के राजनीति कइला पर माफी मंगले आ तुष्टीकरण के राजनीति पर लौटे के फैसला कइले बाड़न.
डॉ. पात्रा कहलन कि आज के सबले खास खबर ई आइल बा कि भारत के अर्थव्यवस्था फ्रांस के पछाड़त दुनिया के छठवीं सबले बड़ अर्थव्यवस्था हो गइल बा बाकिर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ भाजपा से नफरत करत कांग्रेस अब देशे से आ हिन्दुवनो से नफरत करे लागल बिया.
पहिले हिन्दू आतंकवाद के शब्द गढ़े वाली कांग्रेस आजु ‘हिन्दू पाकिस्तान’ के नया शब्द उछलले बिया आ बेर बेर हिन्दुवन पर आक्रमण करत बिया.
कहलन कि कांग्रेस के नेता भारत के संविधान तूड़ल जाए के अनेसा जतावत बाड़न जबकि कांग्रेस खुद आपातकाल लगा के दू बरीस ले संविधान के निलंबित करके रखले रहुवे आ कांग्रेसे का राज में राज्यन के 88 गो निर्वाचित सरकारन के बरखास्त कइल गइल रहुवे,
डॉ. पात्रा इहो कहलन कि कांग्रेस का तरफ से बेर बेर बयान दे के कहल जाला कि दिग्विजय सिंह, मणिशंकर अय्यर, गुलाम नबी आज़ाद अउर सैफुद्दीन सोज़ के बयान ओह लोग के आपन बयान होला आ कांग्रेस के ओह बयानन से कवनो मतलब ना रहे. त का एकर माने ऊ समुझल जाव कि कांग्रेस के मतलब सिर्फ सोनिया आ राहुले गांधी होलें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।