मुस्लिम वोट बैंक बरियार करे ला राहुल दीहलें इफ्तार भोज

नयी दिल्ली, 13 जून. बतौर कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के पहिलका इफ्तार में आजु मुसलमान वोट बैंक ला लार टपकावे वाला देश के कई गो विपक्षी नेता भोज खाए चहुँपलन. संघ के कार्यक्रम में शामिल होखे गइल प्रणवो दा एह भोज में शामिल भइलें.
एह भोज में शामिल खासमखास लोगन में उपराष्ट्रपति रहल हामिद अंसारी, राज्यसभा में नेता विपक्ष गुलाम नबी आजाद, जनता दल (एस) महासचिव दानिश अली, ऑल इंडिया यूनाइटेड डेमोक्रेटिक फ्रंट के प्रमुख बदरुद्दीन अजमल, आ सांसद अहमद पटेल का अलावे राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी अउर प्रतिभा पाटिल, प्रधानमंत्री रहल मनमोहन सिंह, जनता दल यू से निकालल गइल शरद यादव, बहुजन समाज पार्टी के महासचिव सतीशचंद्र मिश्रा, राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के डी पी त्रिपाठी, तृणमूल कांग्रेस के नेता दिनेश त्रिवेदी, मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी महासचिव सीताराम येचुरी, राष्ट्रीय जनता दल के सांसद मनोज झा, द्रमुक के नेता एम. कणिमोझी, झारखंड मुक्ति मोर्चा नेता हेमंत सोरेन, मंत्री रहल पी चिदम्बरम, ए के एंटनी, पृथ्वी राज चौहान, शशि थरुर अउऱ आनंद शर्मा, मोती लाल वोरा, जर्नादन द्विवेदी वगेरह कई एक लोग शामिल भइल.
भारत में रुस के राजदूत निकोलेय आर कुदाशेव का अलावे अउऱिओ कई देशन के राजनयिक एह मौका पर शामिल भइलें.
कांग्रेस दू बरीस बाद ई इफ्तार भोज दिहलसि आ एकर आयोजन राजधानी के आलीशान पंच-सितारा होटल ताज पैलेस में भइल. अपना गुप्त बीमारी के इलाज का चलते विदेश गइल सोनिया गाँधी एह भोज में मौजूद ना हो पवली.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।