मूंछ वाला पवन सिंह


श्रीमती चन्द्रावती प्रोडक्शन का बैनर में बनत फिल्म “कर्तव्य” में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार पवन सिंह मूंछ का साथे नजर अइहें. अबले लोग उनुका के निरमोछिये देखत आइल बा बाकिर “कर्तव्य” में एगो पुलिस आफिसर के भूमिका करे वाला पवन सिंह बाकायदा मूँछ का साथे बाड़े. उनकर नायिका बाड़ी मोनालिसा. जगदीश शर्मा के निर्देशन में निर्माता ब्रजेश सिंह का एह फिल्म में पवन सिंह, विक्रांत सिंह, मोनालिसा, मेघना पटेल, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, माया यादव, के के गोस्वामी, रितु पाण्डेय, नन्हे पाण्डेय, दीपक भाटिया, संजय वर्मा आ सीमा सिंह मुख्य कलाकार बावे लोग. गीत विनय बिहारी आ श्याम देहाती के, कथा पटकथा नईम एजाज अउर जगदीश शर्मा के आ संगीत मधुकर आनन्द के बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..