मूर्ति तूड़ला के खबरन से खिसिअइली मायावती


लखनऊ, 07 मार्च. लखनऊ आ पूरा प्रदेश में अपना जिनिगेए में आपन मूरती लगवावे वाली बसपा अध्यक्षा मायावती हाल के घटनन से बहुते नाराड बाड़ी. कहले बाड़ी कि भाजपा हिंसा आ नफरत के राजनीति करत बिया आ पूर्वोत्तर राज्यन में जीत के मद में चूर भाजपा कार्यकर्तन के तांडव से लोग डेरा गइल बा.

आजु एगो बयान जारी क के मायावती कहले बाड़ी कि त्रिपुरा में भाजपा सरकार बनते माकपा नेतवन पर हमला, माकपा कार्यालयन में तोड़फोड़ आ लेनिन के मूर्ति भसावल शुरु हो गइल बा. एह से लोग डेरा गइल बा. एकरा साथही तामिलनाडु में आत्म-सम्मान मूवमेन्ट के नेता रामास्वामी नायकर पेरियार के मूर्ति के नुकसान चहुँपावे के कोशिश बतावत बा कि देश में नफरत, हिंसा आ विघटन के राजनीति अब कपारे चढ़ि के बोले लागल बा.

इहो धेयान में राखल जरुरी बा कि केरल में हालही में भइल एगो दलित के दिनदहाड़े भइल दर्दनाक हत्या आ केरल, त्रिपुरा में भाजपा कार्यकर्तन के लगातार होत रहल हत्यन का बारे में मायावती कबो कवनो बयान जारी नइखी कइले.

0 Comments