दुर्गापूजा का बाद मूर्ति भसावे का दौरान छपरा पुलिस के गलत बेवहार का चलते छपरा शहर में बवाल हो गइल आ जगहे जगह पुलिस जम के लाठी चलवलसि आ खिसियाइल लोग तोड़फोड़ आ आगजनी कइल.
टेलीफोन एक्सचेंज का परिसर में खड़ा छह गो चारपहिया वाहन आ एगो जेनरेटर के जरा दिहल लोग. साहेबगंज चौक पर नगर परिषद के जेसीबी आ बगल में खड़ा ट्रैक्टर आ ट्रालीओ के आग लगा दिहल गइल.
बकरीद का नाम पर पुलिस लोग के जल्दी से मूर्ति भसावे खातिर हड़कवलसि. आ चार बजे बाद रोक दिहलसि कि नमाज के समय हो गइल बा अब भसावन ना होखी. डीजे जब्त क लिहलसि आ बाद में मूर्ति ले जा के राजेन्द्र सरोवर में भसा दिहलसि.
पुलिस के एह बेवहार से आम जनता में बहुते नाराजगी बा.
0 Comments