मूस बिलार के खेल खतम, पीचि हिरासत में

आर्थिक घोटाला के आरोपी पी चिदम्बरम 27 घंटा लुकाइल रहला का बाद आजु साँझ अचके कांग्रेस मुख्यालय पर सोझा भइलें. ओहिजा प्रेस बयान दिहला का बाद बिना कवनो सवाल के जवाब दिहले ऊ अपना घर ला रवाना हो गइलें. जब ले ईडी, सीबीआई के टीम ओहिजा चहुँपित पीचि अपना घर ला रवाना हो गइलें.

पीचि के घरे चहुँपल ईडी, सीबीआई अधिकारियन के घर में घुसे ना दीहल गइल त सीबीआई के टीम छरदेवाल छरपि के भीतर गइलें. बाद में दिल्ली पुलिसो के बोलावल गइल, कांग्रेसी कार्यकर्ता ओहिजा जम के नारेबाजी कइलन बाकिर आखिरकार सीबीआई, ईडी के टीम पीचि के हिरासत में ले जाए में सफल हो गइल.

अब एतना हंगामा का बाद अगर पीचि कहसु कि ऊ कानून माने वाला मनई हउवन त एह बाति पर हँसले भर जा सकेला. पता ना कानून के कवना पढ़ाई में पीचि के एह तरह के बरताव करे के सिखावल गइल रहुवे. लागत बा कि अपना बेवहार से अब ऊ अदालतो ला मुश्किल कर दिहले बाड़न कि ओहिजा उनुका आराम से जमानत मिल सको.

हिरासत में ले लिहला का बाद अब शुक का दिने सुप्रीम कोर्ट में उनुका अगवढ़ जमानत के सुनवाई बेमतलब हो गइल बा. आ काल्हु उनुकर वकील लोग दिल्ली सेशन कोर्ट से जमानत के लड़ाई शुरु करीहें. तब ले पीचि कानून का गिरफ्त में बाड़न आ देश ला शरम के बाति बा कि अइसन आदमी कबो देश के गृह मंत्री रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।