मूड़ी कूंच एगो चायवाला के हत्या

जौनपुर के लाइन बाजार इलाका के फूलपुर चौराहा पर काल्हु देर रात कुछ लोग एगो चाय पान के दुकानदार के मूड़ी कूंच के जान ले लीहल. एह घटना का खिलाफ आजु लोग दू घंटा ले जौनपुर मिर्जापुर मार्ग जाम क दीहल.
पुलिस बतावत बिया कि खलीलपुर गांव के पैंतीस साल के सभाजीत यादव गांव का नियरे जौनपुर मिर्जापुर सड़क के फूलपुर चौराहा पर एगो चायपान के दुकान चलावत रहुवे. कल्हुकि रात खान खा के सूतल आ आजु फजीरे ओहिजे ओकर खुन से लथपथ लाश मिलल.
हत्या काहे भइल अबही पता नइखे चलल बाकिर सुने में आवत बा कि एकरा पीछे नाजायज संबंध हो सकेला.
जाम लगावे वालन के हटावे पहुँचल पुलिस अधीक्षक हैप्पी गुप्तन कहले कि मामिला जल्दिए सुलझा लीहल जाई.
ने कहा कि शीघ्र ही मामले का पर्दाफाश कर लिया जायेगा।
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।