मृतक आश्रित के नाम पर नोकरी पावे वाला के खेलाफ जांच के भइल आदेश

नगरा, बलिया। नवानगर ब्लाक के प्राइमरी स्कूल बरमनिया में मृतक आश्रित के रूप में नोकरी पावे वाला एगो सहायक अयापक के मामिला तूल पकड़त हउए। बतावल जाता कि उ सहायक अध्यापक के गावं के लोग बीएसए बलिया किहां शिकायत भेजि के जांच करावे के मांग कइले बा लो। गांव के पिछलका परधान हरिद्वार आ अउरी लोग शिकायत भेजि के कहले बा लोग कि उ मास्टर के बाप अभियो जीअत बाड़न आ जेवना मेहरारू मास्टरनी के नांव पर उ नोकरी पवले बाड़न ओहि नाम के कवनो मेहरारू उनकरा परिवार में कबो रहले नइखे। 8 दिसम्बर 1976 के मुअल देखाके 5 जनवरी 1994 के नोकरी पवले ए मास्टर के खेलाफ जांच करावे आ तनखाह के वसूलला खातिर रपट पुलिस में दरज करावे के मांग कइले बाड़न लोग।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।