मेघा घोष संगे नैना चार करीहें प्रवेश लाल

भोजपुरी के युवा स्टार जूनियर निरहुआ प्रवेश लाल यादव अब नयकी अदाकारा मेघा घोष से नैन लड़इहें. मेघा के खूबसूरती प्रवेश के अतना दिवाना बना दिहले बिया कि अब ऊ ओकरा के आपन बनावे के सोच लिहले बाड़न. आ ई सब कुछ रउरा देखब ट्राकी फ्रेम्स के बैनर में बनत निर्माता स्वप्नदीप के फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गईल” में. एह फिल्म में प्रवेश आ उड़िया बांग्ला फिलिमन के अभिनेत्री रहल मेघा घोष के लव एंगल बा. बतावल जात बा कि “राजा के रानी से प्यार हो गईल” एगो कम्पलीट रोमांटिक फिलिम बावे. एह में शुभीओ शर्मा बाड़ी.

फिल्म के निर्देशन स्वप्नदीप आ शैलेश पाण्डेय कइले बाड़े. गीतकार हउवे प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ बिपिन बहार. संगीत हवे राजेश-राजनीश के. आ कलाकारन में शामिल बाड़े संजय पाण्डेय, राज गौतम, राजीव पाण्डेय, मेहनाज आ गोविंद पाठक वगैरह.


(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।