मेला के संगीतमय शूरुआत
भजन सम्राट अनूप जलोटा पिछला दिने मुंबई का एबी साउण्ड स्टुडियो में हाईटेक फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में बनेवाला आ देवा इन्टरनेशनल वंशमणी शर्मा के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म मेला –  एक प्रेम कथा के संगीतमय शूरुआत अपना आवाज में एगो गाना रिकार्ड करवा के कइलन. निर्माता पुष्कर अनिल सिंह आ रोजा उस्मानी के एह फिल्म के लेखन आ निर्देशन के जिम्मेदारी नौजवान आ चर्चित निर्देशक सनोज मिश्रा उठा रहल बाड़े
फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन का साथ विशाल सिंह बंटी, पुष्कर अनिल सिंह, जकर कान, मनीष महिवाल, कैलाश उपेन्द्र सिंह, राजवीर, बालगोविन्दम आ लोकगायक आनन्द मोहन के नाम कास तौर पर लिहल जा सकेला. अदाकारा रोजा उस्मानी के जलवो एह फिल्म में देखे के मिली. गाना अणिल पुष्कर सिंह लिखले बाड़न आ संगीत ह अमन श्लोक के.
सनोज मिश्रा के कहना बा कि मेला एक प्रेम कहानी पर आधारित संगीत आ रोमांस से सजल एक्शन फिल्म ह जवना में दर्शकन के कुछ नया देखे मिली.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।