‘‘मैदान-ए-जंग’’ के संगीतमय मुहूर्त भइल

वी.आर. गड़ौलिया फिल्म प्रोडक्शन अउर ईशा हर्ष फिल्म्स के संयुक्त प्रस्तुति ‘मैदान-ए-जंग’ (भोजपुरी फिल्म) के शानदार संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने प्लैटिनम स्टूडियो, गोरेगांव (प.), मुंबई में एगो गाना के रिकार्डिंग का साथे करावल गइल. फिल्म के गीतकार विनय बिहारी आ अशोक सिन्हा, संगीतकार गुणवंत सेन, निर्देशक मिथिलेश अविनाश आ निर्माता जोड़ी में वीरेन्द्र आर. जैन आ राजश्री सिंह बाड़े. कैमरामैन जगमिंदर हुंडल हउवें.

महेश उपाध्याय के लिखल कहानी पर बनल ‘मैदान-ए-जंग’ में एगो कर्तव्यनिष्ठ पुलिस ऑफिसर के साहसिक कारनामा बा. कइसे ऊ अकेलही गुण्डाराज का खिलाफ बिगुल बजावऽता ओकर ख़ात्मा करऽता. बाकिर एह सब करे में ओकरा कवन कीमत चुकावे पड़त बा, अपान परिवार के कुर्बानी देबे पड़त बा इहो देखावल जाई.

एक्शन-इमोशन से भरल एऋ फिल्म के प्रमुख कलाकार हउवें – रानी चटर्जी, जय यादव, विनोद गोप, जीतेन्द्र सिंह, रजनी मेहता, रोबिन खान, लावण्या अउर हीरालाल यादव हैं.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।