मैरवा नवका टोला से अतिक्रमण हटावल गइल

हाई कोर्ट के आदेश के पालन करत प्रशासन सोमार के फजीरे किरिन फूटते जेसीबी मशीन ले के लाग गइल सौ डेढ़ सौ साल से जिला परिषद के जमीन पर कब्जा जमवले मकानन के गिरावे में. देखते देखत दू तल्ला मकान धँसावे ढहावे के काम लाग गइल. पहिले विधायक रहल अमरनाथ यादव अपना समर्थकन का साथे विरोध मे मौजूद रहले बाकिर प्रशासन कवनो बात सुने के तइयार ना रहुवे. बाद में अतिक्रमण हटा के लवटत पुलिस पर लोग ढेला पत्थर से हमला कर दिहल. पुलिस के लाठी भाँजल कवनो कामे ना आइल त वज्रवाहन ले के पुलिस भाग निकलल. एक बीच लोग रेलवे परिसर हो के भागत सीओ के गाड़ी घेर के फूंक दिहल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।