मोटरसाइकिल सवार के मौत

बक्सर नवानगर में परमानपुर पेट्रोल पंप का लगे काल्हु बियफे का दिने एगो मोटर साइकिल आ टैंकर में टक्कर हो गइल जवना से एगो बाइक सवार के ओहिजे मौत हो गइल आ दुसरका घवाहिल हो गइल. टैंकर के पुलिस जब्त कर लिहले बिया बाकिर ओकर ड्राइवर आ खलासी भाग निकललें. मृतक नौजवान रोहतास जिला के काराकाट थाना के मोहनपुर गाँव के राजकुमार सिंह रहुवे जे आरा से लवटर रहल. साथ में भोजपुर तीयर के तड़किया गाँव के मुकुल सिहं रहले जे घवाहिल हो गइले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।