मोतिहारी में काल्हु से केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र शुरु

मोतिहारी में काल्हु से महात्मा गाँधी केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र के शुरुआत हो जाई. मोतिहारी जिला स्कूल के मैदान में केन्द्रीय मंत्री प्रकाश जावडेकर अउर केन्द्रीय राज्यमंत्री उपेन्द्र कुशवाहा का हाथे विश्वविद्यालय के पहिलका सत्र के उदघाटन होखी.

केन्द्रीय कृषि अउर किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह काल्हु मीडिया के ई जानकारी देत कहलन कि चंपारण सत्याग्रह शताब्दी वर्ष आ जिला स्थापना के डेढ़ सउँवी सालगिरह का मौका पर केन्द्रीय विश्वविद्यालय के सत्र शुरु होखल गाँधी जी के साँच श्रद्धांजली होई. कहलन कि एह विश्वविद्यालय के खुलला से बिहार आ जिला के विद्यार्थियन के बाहर जाए के जरुरत ना पड़ी.

एह विश्वविद्यालय में दाखिला ला अबहीं 395 गो विद्यार्थी चुनाइल बाड़ें. एहमें से अधिकतर छात्र सारण आ चंपारण के बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।