मोतिहारी स्टेशन से रिजर्वेशन सुपरवाइजर के रंगे हाथ धइलसि सीआइबी

शनिचर का दिने मोतिहारी टीसन का रिजर्वेशन काउंटर से मुख्य रिजर्वेशन सुपरवाइजर बच्चा लाल के सीआइबी के टीम रंगे हाथ धर लिहलसि. बच्चा लाल का लगे से आनंद विहार, हावड़ा आ जयपुर के तत्काल टिकट आ हिसाब से अधिका एगारह हजार सात सौ सत्तर रुपिया नगद मिलल. तत्काल टिकट करीब अतने के रहुवे. बच्चा लाल के आरपीएफ हिरासत में ले लिहले बिया आ अब उनकर कॉल डिटेल निकलवा के दलालन के पकड़े के कोशिश होखत बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।