मोदी के कानपुर रैली खातिर आपन मैदान देबे से मना कर दिहलसि रेलवे

भाजपा का ओर से पीएम उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के कानपुर मे होखे वाला रैली खातिर आपन मैदान देबे से रेलवे मना कर दिहलसि. पहिले पन्द्रह अक्टूबर के होखे वाला रैली दशहरा आ बकरीद का चलते अब 20 अक्टूबर के होखी बाकिर एहला कानपुर के निरालानगर मे रेलवे मैदान देबे से रेलवे इन्कार कर दिहले बिया.
उत्तर मध्य रेलवे के वरिष्ठ अभियन्ता भाजपा के जिलाध्यक्ष सुरेन्द्र मैथानी के एह बात के जानकारी देत कहले बाड़न कि 2004 में फैसला कर लिहले रहुवे कि राजनीतिक कार्यक्रम खातिर रेलवे के मैदान ना दिहल जाई.
अब भाजपा एह रैली खातिर दोसर जगह तलाशत बिया. भाजपा के कहना बा कि केन्द्र आ राज्य सरकार नरेन्द्र मोदी के रैलियन मे व्यवधान डाले के लगातार कोशिश करत बाड़ी सँ.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।