मोदी के जादूगर बतवली सोनिया त मोदी कहलें दिल्ली में काला जादू करे वाला बइठल बा

कर्नाटक के कोलार में भाषण देत सोनिया गाँधी कहली कि एगो आदमी के जादूगर बना के पेश कइल जात बा कि ऊ आई त देश के सगरी समस्या के समाधान क दी.एकरा बाद झारखण्ड के जमशेदपुर में भाषण देत नरेन्द्र मोदी कहलन कि दिल्ली में एगो काला जादू करे वाला बइठल बा जवना का चलते नवहियन के रोजगार गायब हो गइल, किसानन के फसल गायब हो गइल, पढ़ल पढ़ावल धइले रह गइल, सैनिकन के मूड़ी कटा गइल जडन आजले ना मिलल. कहलन कि ओकरा करिया जादू से देश तबाह हो गइल. अब देश के जनता एह करिया जादू करे वाला के हटाइए के दम ली.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।