मोदी के रैली ऐतिहासिक बनावे मे जुटल भाजपा

भाजपा.अपना पार्टी से प्रधानमंत्री पद उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के 19 अक्टूबर का दिने होखे वाला कानपुर रैली के ऐतिहासिक बनावे खातिर पूरा ताकत झोंक दीहले बिया.

पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकान्त बाजपेयी आजु मंगल का दिने पत्रकारन से कहलन कि कानपुर के रैली ऐतिहासिक होखी आ ओहमें लाखो लोग हिस्सा लीहे. एह रैली के नरेन्द्र मोदी आ पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंहो सम्बोधित करीहें. उपप्रधानमंत्री रहल लालकृष्ण आडवाणी के कानपुर आवे का बारे में कुछ ना कहलन बाकिर बतवलन कि मंच पर पार्टी के दस गो नेता रहीहें जिनकत नाम हाई कमान से तय होखी.

बतवलन कि श्रोता लोग के सुविधा ला रैली स्थल पर टीवी लगावल जाई. एह रैली के उत्तर प्रदेश मे लोकसभा चुनाव प्रचार अभियान के शुरुआत मानल जात बा. कानपुर क्षेत्र के आठ गो सीट पर पार्टी के नजर बा. एहमें से इटावा, कन्नौज, आ मैनपुरी समेत छह गो सीट सपा का लगे बा आ दू गो सीट कांग्रेस का लगे.

एह बीच पार्टी मोदी के रैली का बारे में जानकारी लेबे खातिर टेलीफान नम्बर आ वेबसाइट जारी कइले बिया. टेलीफोन नम्बर 022 4501 4501 डायल कइला पर नरेन्द्र मोदी के भाषण सुनल जा सकी आ 09328280005 पर मिस काल दीहला पर रैली का बारे में एसएमएस मिल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *