मोदी कैबिनेट के पहिला विस्तार
गोवा के मुख्यमंत्री रहल मनोहर पर्रिकर केन्द्रीय मंत्री का रूप में किरिया लिहलन.

गोवा के मुख्यमंत्री रहल मनोहर पर्रिकर केन्द्रीय मंत्री का रूप में किरिया लिहलन.

नरेंद्र मोदी सरकार के मंत्रिमंडल के पहिलका विस्तार में आजु अतवार का दिने 21 गो नया मंत्रियन के शामिल कइल गइल. एहमें 4 गो कैबिनेट मंत्री, 14 गो राज्य मंत्री आ 3 गो राज्यमंत्री (स्वतंत्र प्रभार) किरिया लिहले. किरिया धरावे के समारोह राष्ट्रपति भवन में भइल आ राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी एह लोगन के किरिया धरवले.

कैबिनेट मंत्री का रूप में किरिया लेबे वालन में मनोहर पर्रिकर, सुरेश प्रभु, जेपी नड्डा आ चौधरी बीरेंद्र सिंह रहले. गोवा के मुख्यमंत्री रहल मनोहर पर्रिकर रक्षा मंत्री बनावल जा सकेंले. शिवसेना के सुरेश प्रभु के रेल मंत्री बनावे के खबर हवा में बा बाकिर शिवसेना इनका के मंत्री बनवला से खुश नइखे. चौधरी बिरेंद्र सिंह कृषि मंत्री बनावल जा सकेंले आ हरियाणा के जाट, जेपी नड्डा ग्रामीण विकास मंत्री बनावल जइहें शायद.

राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार के रूप में बंडारू दत्तात्रेय, राजीव प्रताप रूडी, आ डॉक्टर महेश शर्मा रहले. बंडारू दत्तात्रेय तेलंगाना के सिकंदराबाद से भाजपा सांसद हउवें, राजीव प्रताप रूडी सारण से भाजपा सांसद, आ महेश शर्मा गौतमबु्द्ध नगर (नोएडा) से भाजपा सांसद.

बाकी 14 गो राज्यमंत्रियन में मुख्तार अब्बास नकवी, रामकृपाल यादव, हरिभाई चौधरी, सांवरलाल जाट, मोहनभाई कुंदरिया, गिरिराज सिंह, हंसराज अहीर, रामशंकर कठेरिया, वाईएस चौधरी, जयंत सिन्हा, कर्नल राज्यवर्धन सिंह राठौड़, बाबुल सुप्रियो, साध्वी निरंजन ज्योति आ विजय सांपला शामिल भइले.

साध्वी निरंजन ज्योति फतेहपुर से भाजपा सांसद, बाबुल सुप्रियो आसनसोल से भाजपा सांसद, राज्यवर्धन सिंह राठौर जयपुर ग्रामीण से भाजपा सांसद, जयंत सिन्हा हजारीबाग से भाजपा सांसद आ पहिले वित्त मंत्री रहल यशवंत सिन्हा के बेटा, वाई एस चौधरी टीडीपी के सांसद, प्रोफेसर रामशंकर कठेलिया आगरा से भाजपा सांसद आ दलित चेहरा, हंसराज अहीर महाराष्ट्र के चंद्रपुर से भाजपा सांसद आ कोयला घोटाला उजागर करे वाला, गिरिराज सिंह नवादा से भाजपा सांसद आ मोदी विरोधियन के पाकिस्तान भिजवावे के कहे वाला, मोहन कुंदारिया राजकोट से भाजपा सांसद, सांवरलाल जाट अजमेर से भाजपा सांसद, हरिभाई चौधरी गुजरात के बनासकाठा से भाजपा सांसद, रामकृपाल यादव पाटलिपुत्र से भाजपा सांसद आ लालू यादव के बेटी के हरावे वाला, मुख्तार अब्बास नकवी यूपी से राज्यसभा सांसद आ कैबिनेट में मुस्लिम चेहरा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।