मोदी सरकार के दुसरका दौर के पहिलका मंत्रिमंडल विस्तार

मोदी सरकार के दुसरका दौर के पहिलका मंत्रिमंडल विस्तार में आजु जे लोग मंत्री पद के शपथ लीहल ओह लोग के क्रमवार नाम बा –
पन्द्रह गो कैबिनेट मंत्रियन में – 1. नारायण राणे (महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री आ शिवसेना के नेता रहलें), 2. सर्बानंद सोनोवाल (असम के मुख्यमंत्री रहलें), 3. डॉ विरेन्द्र कुमार (मध्य प्रदेश के दलित चेहरा), 4. ज्योतिरादित्य माधवराव सिंधिया (कांग्रेसी सरकार में मंत्री रहलें), 5. रामचन्द्र प्रसाद सिंह (जदयू अध्यक्ष, कूर्मी नेता, आईएएस अफसर रहलें), 6. अश्विनी वैष्णव (ओडिसा से आईएएस अफसर रहलें), 7. पशुपति कुमार पारस (भाई के गोल लोजपा के हथिया लीहलें, भतीजा के दलन करे वाला दलित नेता), 8. किरण रिजिजू (पदोन्नत, बौद्ध), 9. राज कुमार सिंह (पदोन्नत ), 10. हरदीप सिंह पुरी (पदोन्नत, सिख, आईएफएस रहलें), 11. मनसुख मंडाविया (पदोन्नत), 12. भूपेन्द्र यादव (संगठन से सरकार में), 13, पुरुषोत्तम रुपाला (पदोन्नत, पाटीदार समुदाय से), 14. जी किशन रेड्डी (पदोन्नत), अउर 15. अनुराग सिंह ठाकुर (पदोन्नत).


28 गो राज्य मंत्रियन में शामिल बाड़ें –

1.पंकज चौधरी (पूर्वांचल के कुर्मी नेता), 2. अनुप्रिया पटेल (अपना दल के कुर्मी नेता, मंत्रिमंडल में वापसी), 3. सत्यपाल सिंह बघेल, 4. राजीव चन्द्रशेखर, 5. शोभा करंदलाजे (ब्राह्मण), 6. भानु प्रताप सिंह वर्मा, 7. दर्शना विक्रम जरदोश, 8. मीनाक्षी लेखी (दिल्ली से अकेला नाम), 9, अन्नपूर्णा देवी, 10. ए नारायण स्वामी, 11. कौशल किशोर, 12. अजय भट्ट, 13. बनवारी लाल वर्मा, 14, अजय कुमार, 15. देवू सिंह चौहान, 16. भगवन्त खुबा (लिंगायत नेता), 17. कपिल मरेश्वर पाटिल, 18. प्रतिमा भौमिक (त्रिपुरा से), 19. डॉ सुभाष सरकार, 20. डॉ भगवत किशन राव कराड़, 21. डॉ राजकुमार रंजन सिंह (मणिपुर से), 22. डॉ भारती प्रवीण पवार, 23. विश्वेश्वर टुडू, 24. शान्तनु ठाकुर (मटुआ समुदाय से), 25. डॉ मुंजापारा महेन्द्रभाई, 26. जॉन बारला (ईसाई), 27. एल मुरुगन, 28. निशिथ प्रामाणिक.

सभे या त वकील, डॉक्टर, आईएएस, आईएफएस, इंजीनियर, पीएचडी, भा प्रोफेसर बाकिर एकहू अनपढ़ ना मिलल भाजपा के. एकएकगो बौद्ध, सिख, आ ईसाई, बाकिर एकहु मुसलमान भाजपा के ना मिलल मंत्री बनावेला. सभे हिन्दी भा अंगरेजी में किरिया धइल. यूपी से 7 गो, गुजरात से 5 गो मंत्री.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।