मोनालिसा के दिवाना पवन सिंह

भोजपुरिया लड़की पवन सिंह के दिवाना होली आ उनका के अपना सपना के राजकुमार मानेली. बाकिर पवन सिंह भोजपुरी के हॉट आ हिट हसीना मोनालिसा के दिवाना बन गइल बाड़न. हर हमेशा मोनालिसा के ख्याल में डूबल रहेलें. एही दिवानगी के असर रहे कि पिछला दिने रिलीज देवरा बड़ा सतावेला में ऊ मोनालिसा का साथे बहुते प्यार भरल अंतरंग दृश्य दे पवले जवना के दर्शको खूबे पसन्द कइलें.

एगो अउरी फिल्म सईंया का साथ मड़ईया में पवन सिंह फेर मोनालिसा का साथे आँख लड़ावत हाजिर भइलें. एह फिल्म में उनकर एगो चुम्मा लेत सीन बा. मोनालिसो के दिवानगी के चर्चा बाजारी में बा. पवन मोनालिसा के जोड़ी कुरुक्षेत्र आ एगो अउरी फिल्म में साथ आवे वाला बा. सेट पर अक्सरहाँ दुनु जने बाँह में बाँह डलले बतियावत नजर आवेला. खाना साथही खाला लोग. सेट पर एह लोग के मौज मस्ती देखते बनेला.

देखल जाव एह लोग के दिवानगी दर्शकन के कतना दिवाना बनावत बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।