मोना राय के भागोवाली

बहुते भोजपुरी फिलिमन, जइसे कि “कब होई गवना हमार, कब कहबऽ तू आई लव यू, तू बबुआ हमार, ई रिश्ता अनमोल बा, मंगल सूत्र, हमार बियाह तोहरे से होई, गोरकी पतरकी रे, जीतब कबड्डी” वगैरह, में काम कर चुकल अदाकारा मोना राय जवना खातिर बेसी जानल जाली ऊ हवे जी टीवी पर देखावल जा रहल “भागोवाली” धारावाहिक. एह धारावाहिक में मोना राय मीट्ठो पाण्डेय के करिदार करत बाड़ी. ई किरदार काम त निगेटिव करेले बाकिर पलक झपकते बदलियो जाले. एह शातिर रोल से मोना राय के पहचान घर घर ले चहुँप गइल बा. मोना राय एकरा अलावहू कलर्स चैनल के “जय श्रीकृष्णा” आ डीडीवन पर “नवाब सिराजुद्दौला” में काम करत बाड़ी.

मोना राय के कहना बा कि उनुका माता पिता के कबो उमेद ना रहल कि उनुकर बेटी अइसन बड़ कलाकार बन जाई. उनुकर एगो भोजपुरी फिलिम “गोबर सिंह” जल्दिये रिलीज होखे वाला बा जवना में मनोज तिवारी आ टी बॉबी सिंह मुख्य कलाकार बाड़े. “चालबाज चुलबुल पाण्डेय” फिलिमो में मोना राय के एगो मजगर रोल बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..