मोबाइल आपरेटर नियामक के धमकवले

देश में मोबाइल सेवा देबे वाला कंपनियन का तरफ से भारतीय दूरसंचार नियामक प्राधिकरण के बतावल गइल बा कि अगर काॅल ड्राप कइला से होखे वाला कमाई पर रोक लगावल गइल त रेट बढ़ा देबे के पड़ी. आ काॅल ड्राप के भरपाई के खामियाजा कंपनियन का बदले गाहके लोग के भरे के पड़ी. अब देखल जाव कि नियामक प्राधिकरण का कहत बा. असल में एह कंपनियन के मालूम बा कि बीएसएनएल के बेंवत नइखे कि अतना भार सम्हार सको आ काॅल ड्राप त ओकरो पर भरपूर होखेला. बाकिर अगर बीएसएनएल काॅल ड्राप के भरपाई करे के तइयार हो जाव तब एह कंपनियन पर दबाव जरूरे पड़ जाई लेवल प्लेयिंग फील्ड बनवले राखे के.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..