दाल जमाखोरन का खिलाफ कार्रवाई तेज
-

दाल के जमाखोरी क के कमाई करेवालन का खिलाफ केन्द्र सरकार आपन कार्रवाई तेज क दिहले बिया. हालही में महाराष्ट्र, छत्तीसगढ़, तेलंगाना, मध्य प्रदेश आ आंध्र प्रदेश समेत दस राज्यन में अभियान चला के छब्बीस हजार टन दाल जब्त कइल गइल बा. एह दाल के बाजार में बेच के दाल के दाम पर अंकुश लगावल जाई. छापेमारी के काम आगहू चलत रही. एह बीच विदेश से मंगावल पांच हजार टन आ गइल बा आ ओकरो के बाजार में उतारल जाई. बाकिर दुख के बात बा कि बिहार में जमाखोरन का खिलाफ नीतीश सरकार कवनो कार्रवाई ना क के ओकनी के बढ़ावा देत बिया.

0 Comments

Recent Posts