मोबाइल प्रतिनिधि चाहीं

अँजोरिया परिवार के वेबसाइट “टटका खबर” खातिर छपरा, सिवान, गोपालगंज, बेतिया, मोतिहारी, आरा, सासाराम, बक्सर, भभुआ, गोरखपुर, देवरिया, मैरवा, मऊ, गाजीपुर, बनारस, जौनपुर, बलिया वगैरह भोजपुरी इलाका में मोबाइल संवाददाता के जरूरत बा जे अपना मोबाइल से एस एम एस करिके, अपना इलाका के खबर भेज सकसु. हर प्रकाशित खबर का साथ संवाददाता का रूप में उनुकर नाम दिहल जाई आ हर प्रकाशित खबर पर भुगतान दिहल जाई.

खबर से जुड़ल फोटो इमेल से भेजे के होई. प्रकाशित फोटो खातिर अलग से भुगतान मिलल करी. साथही कुछ अउरी प्रतिनिधि सेवा खातिर आकर्षक भुगतान कइल जाई. हर महीना सबले बेसी भुगतान पावे वाला प्रतिनिधि के अलगो से पुरस्कार दिहल जाई जेहसे कि लोग मन लगा के काम करो.

आजुवे आपन विवरण (नाम, पता, जन्म तिथि, मोबाइल नं, फोटो, शैक्षणिक योग्यता का साथे) सहित आवेदन reporter@tatkakhabar.com का लगे भेजीं.

हर आवेदक के मौका दिहल जाई कि ऊ एह काम के करिके देख लेसु कि काम फायदेमंद बा कि ना. आवेदन का साथही अपना इलाका के एगो टटका खबर मोबाइल नम्बर 09936898157 पर एस एम एस से भेजी. एह नम्बर पर फोन मत करीं. अगर जरूरी लागी त बेसी जानकारी खातिर रउरा के फोन कर के बाकी जानकारी ले लिहल जाई. एस एम एस में खबर संक्षेप में भेजीं आ स्पेलिंग पर बहुते धेयान दिहला के जरूरत नइखे.

रउरा एस एम एस के इन्तजार में,

संपादक, टटका खबर

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।