मोहर सिंह का नाँव से मसहूर हो गइलें जसवंत कुमार

JaswantKumarअबही हाल ही में बिहार में रिलीज भइल फिलिम “रानी न. 786” में अपना शानदार खलनायकी से जसवंत कुमार दर्शकन का बीच किरदार के नाँव मोहर सिंह से चिन्हाए लागल बाड़ें. निर्माता रिंकू आ पराग अउर निर्देशक संजीव बोहरपी के एह फिलिम में दर्शक इनका हर सीन के इंतज़ार करत रहलें. जइसहीं इनकर सीन आवे लोग बूझ जाव कि अब कुछ शानदार होके वाला बा. जसवंत के खतरनाक लुक आ काम के सबही सराहऽता.

एही दिने 9 अगस्त के मुंबई में रिलीज भइल राजेश पप्पू के बनावल आ फारूख सिद्धिकी निर्देशित “वर्दी वाला गुण्डा”, जवन कि अबले एह साल के सबले बड़ हिट बतावल जात बा, फिलिमो में जसवंत के काम के खूब तारीफ भइल बा. इनका तारीफ में दिनेश लाल यादव के कहना बा कि भोजपुरी इंडस्ट्री के अइसन अभिनेता के बहुते जरूरत बा. जसवंत एहसे पहिलहु बहुत फिलिम में काम कर चुकल बाड़ें आ सबमें इनका काम के नोटिस लिहल गइल बा.

एहघरी जसवंत कुमार अब निर्माता-निर्देशक अरविंद चौबे के फिलिम “दिल भईल दिवाना तोहरा प्यार में” आ निर्देशक संजीव बोहरपी के फिलिम “विजय पथ” के शूटिंग में व्यस्त बाड़ें. दुनु में जसवंत खलनायक किरदार में बाड़न. जसवंत के आवेवाली फिलिमन में “रंग दे प्यार के रंग में”, “नज़र लागल राजा तोहरे बंगले पे”, “कहीं दिया जले कहीं जिया” वगैरह शामिल बाड़ी सं. इनका पूरा उमेद बा कि लोग एहू फिलिमन में इनका काम के पसंद करी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।