मौत का दौड़ करावत घरी डाक्टरो मौजूद रहल करीहे

यूपी पुलिस में दारोगा पद पर प्रोन्नति लेबे खातिर सिपाहियन के दस किलोमीटर ले दउड़ावे वाला परीक्षण कई सिपाहियन खातिर मौत के सनेसा ले के आइल. प्रोन्नति के एह दौड़ के लोग अब मौत के दौड़ कहे लागल बा. काल्हू पुलिस महानिदेशक आदेश दिहले कि अब से एह दौड़ का समय डाक्टर के मौजूदगी अनिवार्य रही आ हर दू किलोमीटर का दौड़ का बाद सिपाहियन के दशा पर नजर राखल जाई. अब ले एह दौड़ मेंकई लोग के जान जा चुकल बा आ कई दर्जन सिपाही मुअत मुअत बाचल बाड़े.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..