म्यांमार में सू की के ‘सरकार’

म्यांमार में भइल हाल के ऐतिहासिक चुनाव का बाद लोकतंत्र समर्थक नेता आंग सान सू की के पार्टी नेशनल लीग फॉर डेमोक्रेसी के जबरदस्त जीत मिलल बा. एनएलडी के प्रवक्ता विन तेन बतवलन कि मतदान केंद्रन से आइल सूचना से पता चलल बा कि ऊ लोग 70 फीसद सीट जीत लिहले बा. घन आबादी वाल इलाकन में त 90 फीसद सीट पर एनएलडी के कामयाबी मिलल बा.

अबहीं आधिकारिक नतीजा आइल शुरु नइखे भइल बाकिर सेना के समर्थन वाला सत्ताधारी यूनियन सॉलिडरेटी एंड डेवलपमेंट पार्टी पहिलहीं हार मान लिहले बावे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।