मढ़ौरा के रेल कारखाना के काम रुकी ना

रेलवे बोर्ड के अध्यक्ष ओह खबरन के खंडन कइले बाड़े जवना में कहल गइल रहे कि मढ़ौरा के परियोजना बंद कर दिहल गइल बा. कहले कि मढ़ौरा का साथ साथ मधेपुरा आ कचरापाड़ा के परियोजनो पर काम चालु बा. एह तीनो परियोजना के प्राइवेट पब्लिक पार्टीशिपेशन से पूरा करावल जाई. एह काम खातित छह गो कार्यपालक निदेशकन के टीम बना दिहल गइल बा जे एकर मानिटरिंग करी. एने लालू प्रसादो कहले बाड़न कि ऊ ममता बनर्जी से बाति कइले त ममता के कहना रहे कि कवनो परियोजना बंद नइखे भइल. ई विरोधियन के साजिश ह कि एह तरह के अफवाह उड़ावल जा रहल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..