मढ़ौरा के रेल कारखाना के काम रुकी ना

रेलवे बोर्ड के अध्यक्ष ओह खबरन के खंडन कइले बाड़े जवना में कहल गइल रहे कि मढ़ौरा के परियोजना बंद कर दिहल गइल बा. कहले कि मढ़ौरा का साथ साथ मधेपुरा आ कचरापाड़ा के परियोजनो पर काम चालु बा. एह तीनो परियोजना के प्राइवेट पब्लिक पार्टीशिपेशन से पूरा करावल जाई. एह काम खातित छह गो कार्यपालक निदेशकन के टीम बना दिहल गइल बा जे एकर मानिटरिंग करी. एने लालू प्रसादो कहले बाड़न कि ऊ ममता बनर्जी से बाति कइले त ममता के कहना रहे कि कवनो परियोजना बंद नइखे भइल. ई विरोधियन के साजिश ह कि एह तरह के अफवाह उड़ावल जा रहल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।