यमुना एक्सप्रेस वे के उद्घाटन

बियफे का दिने आगरा से दिल्ली के एक सौ पैंसठ किलोमीटर के दूरी बीच यमुना एक्सप्रेस वे के लखनऊ में बइठल मुख्यमंत्री रिमोट से लोकार्पण कर दिहलें. कहल जाला कि नोएडा में जवने मुख्यमंत्री कवनो उद्घाटन करेलें उनकर सरकार चल जाले. शायद एही से लोकार्पण लखनऊए से बटन दबा के कइल गइल. छह लेन के ई एक्सप्रेसवे देश के सबले लमहर प्रवेश नियन्त्रित मार्ग हवे. अब आगरा से दिल्ली के सफर मात्र दू घंटा मे कइल जा सकेला.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..