यमुना एक्सप्रेस वे के उद्घाटन

बियफे का दिने आगरा से दिल्ली के एक सौ पैंसठ किलोमीटर के दूरी बीच यमुना एक्सप्रेस वे के लखनऊ में बइठल मुख्यमंत्री रिमोट से लोकार्पण कर दिहलें. कहल जाला कि नोएडा में जवने मुख्यमंत्री कवनो उद्घाटन करेलें उनकर सरकार चल जाले. शायद एही से लोकार्पण लखनऊए से बटन दबा के कइल गइल. छह लेन के ई एक्सप्रेसवे देश के सबले लमहर प्रवेश नियन्त्रित मार्ग हवे. अब आगरा से दिल्ली के सफर मात्र दू घंटा मे कइल जा सकेला.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।