यशराज कैम्प में घुसलें रवि किशन

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन क एंट्री अब हिंदी फिल्म जगत के सबले बड़हन बैनर यश राज फिल्म्स में हो गइल बा आ ऊ एह बैनर के नइकी फिल्म के शूटिंग शुरूओ कर दिहले बाड़न. बतावल जात बा कि रवि किशन ओह फिल्म में एगो खासमखास किरदार निभावत बाड़न.

हिंदी फिलिमन में भोजपुरी के चेहरा कहल जाए वाला रवि किशन अबले हिंदी फिल्म जगत के अनेके बड़का बैनर आ निर्देशकन का साथे काम कर चुकल बाड़े. बाकिर अबही ले यशराज फिल्म्स में काम करे क मौका ना मिलल रहुवे. अब यश राज फिल्म्स के एह नइकी फिल्म से उनकर ई इच्छा पूरा हो गइल बा. एह घरी रवि किशन लगभग एक दर्ज़न हिंदी फिलिमन में काम करत बाड़ें.

हालिया रिलीज़ डेंजरस इश्क में मीडिया आ दर्शकन के वाह वाही लूटला का बाद रविकिशन जल्दिए डॉ. चंद्रप्रकाश द्विवेदी क फिल्म “मोहल्ला अस्सी” में सन्नी देओल संगे, “जिला गाजियाबाद” में संजय दत्त, अरसद वारसी आ विवेक ओबेराय संगे नज़र आवे वाला बाड़न. एकरे अलावे सेलेब्रेटी डांस शो “झलक दिखला जा” में ऊ बतौर प्रतिभागी नज़र अइहें.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।