याशी म्युजिक 35 लाख में खरीदलसि हलफा मचा के गइल के संगीत


मुंबई, 9 मार्च (शशिकांत सिंह). टाटा स्काई आ सुनील शेट्टी के कंपनी करी एह फिलिम के प्रमोट.

मशहूर फिलिम निर्माता आ फाईनेंसर अभय सिन्हा के कंपनी याशी म्युजिक नयका स्टार राघव नय्यर के मुख्य भुमिका वाली फिलिम हलफा मचा के गइल के संगीत मुंहमांगा दाम दे के खरीद लिहलसि.

नया स्टार का हिसाब से ई खरीददारी बहुते ऊँच दाम पर भइल बा. याशी म्युजिक एह फिलिम के संगीत 35 लाख रुपिया में खरीदले बिया जवन अबहीं ले भोजपुरी के सबले महँग डील बा.

एह फिलिम से खुदे उछाह में आइल अभय सिन्हा के कहना बा कि उनुका राघव नय्यर में बहुते टैलेंट लउकल बा. कहतारें कि जब पहिला बेर कई एक सेलीब्रेटी आ स्टारन के एह फिलिम के गाना में देखनी त आईडिया बहुते बढ़िया लागल आ हम एकर आडियो विडियो सेटेलाईट अधिकार खरीद लिहनी.

जान जाईं कि पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम के प्रोमो टाटा स्काई पर कइल जाई, टाटा स्काई अपना चैनल नंबर 311 पर शो टाईम में एह फिलिम के प्रमोशन करी. साथही सुनील शेट्टी के – एफ द कोच – कंपनिओ एकरा के प्रमोट करे वाली बा.

एह फिलिम से राघव नय्यर आ शिप्रा गौर के बतौर नायक नायिका लांच कइल जा रहल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..