यूपी आ बलिया न्यूज 24 मई 2015
  • बलिया जिला के बाँसडीह इलाका के एगो नर्सिंग होम में दू गो कर्मचारियन पर ओहिजा के एगो मरीज के बेटी अपना साथे संभोग करे के आरोप लगवले बिया. पुलिस दुनू आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस मामिला के तहकीकात करे में लागल बिया आ एगो तिसरका साथी होखे के अनेसा जतावत बिया.
  • देवरिया के सेंट्रल बैंक का शाखा से 4 अप्रेल के दू करोड़ रुपिया चोरा के भागल आजमगढ़ के सिपाही के पकड़ लीहल गइल बा. ओकरा साथे सात गो संघतियनो के गिरफ्तार कइले बिया पुलिस आ ओकनी का लगे से महज 18 लाख रुपिया के बरामदी भइल बा. हालांकि कुछ रुपिया कुछ दिन पहिले अउरी आरोपियन के गिरफ्तारी से बरामद हो चुकल बा.
  • गर्मी आ लू से पूरा पूर्वांचल समेत यूपी, बिहार आ सगरी भारत हाय हाय कइले बा. तापमान 45 के पार चल जात बा आ एक सबेरे से लिहले देर साँझ ले लू के चपेटा मारत रहऽता.
  • चंदौली जिला के कदवां इलाका के चारी गाँव में शनिचर का दिने पड़ोसी एगो छोटमोट के झगड़ा में लाठी से पीट पीट के एगो नवही के जान ले लिहले.
  • गाजीपुर जिला के जमानियां में ताजपुर गाँव का नियरा नहर का किनारे एगो टेंट संचालक के लाश शनिचर का दिने मिलल. ओकर दुनू गोड़ रसरी से बान्हल रहुवे आ माथ पर चोट के निशान लउकत रहुवे.
  • बलिये के पकड़ी इलाका में अपना गाँव का बहरी शौच करे निकलल एगो लड़िकी साथे चार गो अनेरिया बारी बारी से बलात्कार कइले. पुलिस चारो आरोपियन का खिलाफ मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment