यूपी आ बिहार में बिजली के संकट

हर साल का तरह एहू साल गरमी आवते बिहार आ यूपी में बिजली के संकट शुरु हो गइल बा. यूपी में अनपरा आ सिंगरौली बिजली घरन के पाँच पांच सौ मेगावाट वाली ईकाई बन्द हो गइला का चलते संकट आइल बा. अनपरा वाला ईकाई दू तीन दिन में शुरु होखे के अनुमान लगावल जा रहल बा. सिंगरौली वाला यूनिट शुरु होखे में तनी देर लागी. बिहार में कई जगहा बिजली के कमी से नाराज लोग सरकार का खिलाफ प्रदर्शन करत बा. सरकार के कहना बा कि बिजली आपूर्ति में कमी का चलते दिक्कत आ रहल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..