यूपी के एमबीए सीट कैट से भरल जाई

उत्तरप्रदेश के गौतम बुद्ध आ महामाया प्राविधिक विश्वविद्यालयन के कॉलेजन में एमबीए सीट पर दाखिला खातिर बीस फीसदी सीट कैट आ मैट परीक्षा में सफल छात्रन से भरल जाई. एह कारण अब प्रदेश के बाहरो के विद्यार्थी एह कालेजन में प्रवेश ले सकीहें. पैंसठ फीसदी सीट राज्य प्रवेश परीक्षा से आ पन्द्रह फीसदी सीट मैनेजमेंट कोटा से भरल जाई. पिछला साल ले राज्य प्रवेश परीक्षा का आधार पर पचासी फीसदी सीट भरल जात रहुवे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..