यूपी के जनता खातिर जनरथ एसी बस

उत्तर प्रदेश के समाजवादी सरकार रेलव के गरीब रथ का तर्ज पर जनरथ नाम से एसी बस के कारवाँ शुरू करे वाली बिया. एह दिसाईं हर डीपो से टेंडर माँगल गइल बा कि केकरा कतना बस चाहीं. बतावल जात बा कि एह बसन के किराया आम बस के डेढ़ा रही बाकिर सुविधा आ सहूलियत कई गुना बेसी. अगर कवनो सवारी के कवनो तरह के दिक्कत पेश आइल त डिपो के अधिकारी नपइहें. उमेद बा कि अक्टूबर से एह बस सेवा के चालू क दिहल जाई.
साथही यूपी परिवहन निगम का नामे एगो रिकार्डो जुड़ गइल जब टेलीफोन विभाग एकरा के पूछताछ सेवा चलावे खातिर 149 नं आंवटित क दिहलसि. अब हर राज्य के परिवहन विभाग के ईहे नंबर दिहल जाई बाकिर पहिला बेर यूपी का नामे जुड़ल बा ई सुविधा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।